web analytics
Latest Story

आजु बिहार के स्थानीय निकाय के चुनाव

May 17, 2012
By

आजु बियफे का दिने बिहार के दू हजार पांच सौ वार्ड के चुनाव करावल जा रहल बा. हर बूथ पर सशस्त्र पुलिस बल मौजूद रही. वोट सबेरे सात बजे से उपरी बेरा चार बजे ले डालल जा सकी.
मत गणना अनइस मई के करावल जाई आ ओही दिने पूरा परिणाम मिल जाई. एह चुनाव में एगारह हजार एक सौ तिहत्तर उम्मीदवार मैदान में बाड़े. चुनाव ईवीएम मशीन से करावल जाई.
चुनाव का चलते आजु शहरी इलाकन में सार्वजनिक अवकाश के घोषणा कर दिहल गइल बा.

दस पाँच लड़िका एक संतोष गदहा मरलें कवनो ना दोष

May 17, 2012
By

मुख्यमंत्री अखिलेश यादव मायावती सरकार का शासन काल में चार हजार करोड़ के घोटाला के बात का कह दिहलें कि बसपा छनछना गइल बिया. बुध का दिने बसपा का तरफ से सफाई दिहल गइल कि एनआरएचएम घोटाला में मायावती के कवनो हाथ ना रहल. ऊ कवनो कागजात पर ना त दस्तखत कइले बाड़ी ना ओकर कवनो जरूरत रहल.
ओने सपा सरकार ओह दौर के घोटाला से जुड़ल सगरी कागजात मुहैया करवले जात बिया आ मायावती पर गिरफ्तारी के तलवार लटकल बुझात बा.

मुंबई में भइल बीसबीसा में कोलकाता जीतल

May 17, 2012
By

मुंबई मे बुध का रात भइल आईपीएल बीसबीसा मैच में कोलकाता नाइट राइडर्स मुबई इंडियंस टीम के बत्तीस रन से हरा दिहलसि. एह जीत से कोलकाता टीम के प्लेआफ में पहँचल करीब करीब पक्का हो गइल बा. अबहीं ले के अंक तालिका में चौदह मैच से बीस अंक ले के दिल्ली के टीम सबले उपर बा. कोलकाता टीम पंद्रह मैच से अनइस अंक का साथ दुसरा जगहा पर, अठारह अंक का साथ मुंबई इंडियंस तीसरा जगहा पर आ सतरह अंक का साथ चेन्नई के टीम चउथा जगहा पर बिया.

जया बच्चन राज्यसभा टीवी से नाराज बाड़ी

May 17, 2012
By

आम तौर पर सांसद आ कलाकार कैमरा के सोझा रहला पर खुश होलें बाकिर जया बच्चन नाराज हो गइल बाड़ी. उनुका शिकायत बा कि मंगल का दिने जब रेखा गणेशन शपथ लेत रहली त टीवी के कैमरा पता ना कवना कारण से उनुका पर केन्द्रित रहल. उनुका पर एह मौका पर खास तौर पर फोकस कइल गइल. बतावल जात बा कि जया बच्चन एकर शिकायत दर्ज करवले बाड़ी. हालांकि राज्य सभा टीवी के आपन व्यवस्था ना रहला का चलते अबही दूर दर्शन के सेवा लिहल जाला आ कवरेज के जिम्मेदारी दूर दर्शन पर डालल जा सकेला.

ई त अबही शुरूआत बा. अबहीं त पता ना कतना शिकवा शिकायत होखे वाला बा जब दुनु जनी राज्यसभा में एक साथ जुट गइल बाड़ी.

हार के जिम्मेदारी अकेले शाही के कइसे दिहल जाई

May 17, 2012
By

भाजपा नेता राजनाथ सिंह बुध का दिने कहलन कि प्रदेश चुनाव में भाजपा के हार के जिम्मेदार सभे रहल आ केहू एक आदमी के एकर दोषी बनावल भा बतावल ना जा सके. कहलन कि प्रदेश अध्यक्ष सूर्य प्रताप शाही के हटवला के सजा मत समुझल जाव. एह तरह के फेर बदल हर राजनीतिक दल में समय समय पर होते रहेला.

साइकिल के पइसा ना मिलला पर दिघवारा में सड़क जाम

May 17, 2012
By

मुख्यमंत्री साइकिल योजना के धन ना मिलला का चलते नाराज छात्र दिघवारा का लगे छपर पटना सड़क जाम कर दिहलें. कई घंटा बाद केहू तरह समुझा बुझा के जाम हटावल गइल.

जौनपुर नगर के पूर्व विधायक के निधन

May 17, 2012
By

साल १९९१ में जनता दल के टिकट पर जौनपुर नगर के विधायक रह चुकल लालचंद मौर्य के निधन पैंसठ साल का उमिर में जौनपुर जिला अस्पताल में मंगल का दिने हो गइल. उनकर अंतिम संस्कार बुध का भोर में गोमती नदी के रामघाट पर नागरिक सम्मान का साथे कर दिहल जइल.

शेयर बाजार में बिकवाली तेज रहल

May 17, 2012
By

बुध का दिने मुंबई शेयर बाजार में फेर बिकवाली के गिरावट देखे के मिलल आ सूचकांक २९८ अंक ढिमला के १६०३० पर बंद भइल रूपियो ७१ पइसा कमजोर हो के अबही ले के सबले खराब रिकार्ड बना लिहलसि. एह गिरावट का साथे सोना आ चाँदीओ का दाम में गिरावट देखे के मिलल.

सोनिया के पुतला जरावे वाला के एक महीना जेल

May 17, 2012
By

झारखंड विधानसभा के अध्यक्ष सी पी सिंह के साल २००५ के एगो मामिला में एक महीना जेल के सजा सुनावल गइल बा. तब गोवा के भाजपा सरकार के बर्खास्तगी का खिलाफ भइल प्रदर्शन में सीपी सिंह सोनिया गाँधी के पुतला जरवले रहलें.

सजा सुनला का बाद विधानसभा अध्यक्ष के कहना रहल कि ऊ एह आदेश का खिलाफ हाई कोर्ट में गोहार लगइहें.

साथ गोवा विधानसभा भंग होने के खिलाफ प्रदर्शन किया था।