Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

रउरा गाँव-जवार के खबर

टटका खबर के अउरी मजगर बनावे ला रउरो एह से जुड़ सकीलें.
आपन ह्वाट्सअप नंबर ईमेल से tatkakhabar@gmail.com पर भेजीं. ओहपर पूरा जानकारी दे दिहल जाई.

RSS Feed

Friday, September 30, 2016

एही साल से बलिया के चन्द्रशेखर विश्वविद्यालय शुरु करावे क माँग

बुध का दिने रुक रुक के होखत बरखा बूनी का बावजूद बलिया टीडी कॉलेज के मनोरंजन हॉल में बलिया भर के छात्रनेता लोगन के जुयान भइल. एहिजा पुरनिया होखत गइला का बावजूद छात्रनेता बनल रहेवाला आ पूर्वांचल छात्रसंघर्ष समिति के संयोजक नागेन्द्र सिंह झुन्नू का अगिअई में सरकार से मांग कइल गइल कि एही साल

अपराध

अदालत में बिहार सरकार के फजीहत

सिवान के राजद सांसद रहल अपराधी शहाबुद्दीन के जमानत मिले के मौका दिहला का बाद बिहार सरकार अब जमानत रद्द करावे खातिर सुप्रीम कोर्ट चहुँपल बिया. काल्हु बुध का दिने सुप्रीम कोर्ट में अदालत के सवालन के जवाब देत ना बनत रहुवे सरकारी पक्ष के. सरकार के कहना रहुवे कि हिस्ट्रीशीटर के जमानत ना दीहल

अपराध

मढ़ौरा में महतारी का साथे दू गो बचवनो के मौत

सारण जिला के मढ़ौरा इलाका के सेमलसराय गाँव में मंगल का राते खटिया पर सूतल अनिता आ ओकरा एगो बेटा आ बेटी के आग में जर के मौत हो गइल. दीनानाथ महतो के मेहरारु अनिता देवी के भाई ससुरालवालन पर केस दर्ज करवले बाड़न कि ई लोग तीनो के हत्या कइले बा. गाँव वालन के

भोजपुरी पट्टी

दिल की धड़कन तेज हो रही, तेज करो लय बाजे की

लुकावल चोरावल धन के एलान क के साफ़ सुथरा बन जाए के मौका देबे वाली अघोषित आय घोषणा योजना के आखिरी दिन जस जस नियरा आवल जाट बा तस तस आमदनी वाला लोग के धड़कन बढल जाटी बा। लोग का मन में उमड़त घुमड़त तरह तरह के सवालन के जवाब मुहैया करावे खातिर आयकर विभाग

उत्तर प्रदेश

ग्राम रोजगार सेवक के मानदेय दूना कइलसि यूपी सरकार

यूपी के 37683 गो ग्राम रोजगार सेवकन के मानदेय दूना क के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव शनिचर का दिने ओह लोग के भरोसो दिहलन कि बाकियो मांगन पर विचार करत बिया सरकार। ग्राम रोजगार सेवकन के मानदेय पहिले 3630 रुपिया मिलत रहुवे। अब एकरा के बढ़ाके 6000 रुपिया क दीहल गइल बा। दोसरो संविदाकर्मियन के मांग

उत्तर प्रदेश

महीनन का इन्तजार का बाद रिजवी बन जइहें अब मंत्री

सोमार का दिने लखनऊ में अखिलेश सरकार में मंत्री बने के मौका मिल जाई जब सिकन्दरपुर के सपा विधायक जियाउद्दीन रिजवी मंत्री पद के किरिया लीहें. जब इनका के मंत्री बनावे के एलान भइल रहुवे तब ई मक्का गइल रहलन आ ओहिजा से लवटला का बाद से अब ले सुतार ना बन पावत रहुवे. एही

उत्तर प्रदेश

आयुष मेडिकल कॉलेजन के दाखिला परीक्षा 25 के

यूपी के आयुष मेडिकल कॉलेजन में दाखिला चाहे वाला विद्यार्थियन के कमी देखत महज चारे गो जिला में काल्हु अतवार का दिने दाखिला परीक्षा करावे के फैसला लीहल गइल बा। पहिले एकरा के दस गो जिला में करावे के कहल जात रहुवे। अब वाराणसी, लखनऊ, कानपुर आ बरेली में सबेरे 9 बजे से परीक्षा शुरू

उत्तर प्रदेश

गोरखपुर के नामी पत्रकार योगेश्वर जी के निधन

सड़क हादसा में पिछला 16 तारीख के घवाहिल भइल पत्रकार आ अमर उजाला के उप संपादक योगेश्वर सिंह के निधन काल्हु बियफे का दिने सहारा अस्पताल में हो गइल। 16 तारीख के राति ड्यूटी के के घरे ला निकलल योगेश्वर जी के माउंट लिट्रा जी स्कूल का नियरा कवनो गाडी धक्का मार के भाग निकलल

अपराध

तेजप्रताप पर नज़र टेढ़ कइलसि सुप्रीम कोर्ट

सिवान के पत्रकार राजदेव के हत्या आरोपी बंटी कैफ पिछला दिने बिहार के चारा चोर का नाम से जानल जाये वाला आ जमानत पर बाहर आइल लालू प्रसाद के बड़का बेटा तेजप्रताप यादव का साथे सोशल मीडिया पर खूब उछलल रहल। एही बात के नोटिस लेत सुप्रीम कोर्ट तेजप्रताप के नोटिस जारी कइले बिया। शहाबुद्दीन

बिहार

भूलन बाबू के पुण्य तिथि

आमी के प्रख्यात समाजसेवी रहल स्वर्गीय अवधेश कुमार सिंह के पुण्य तिथि आज उनकर बनावल स्कूल शक्ति शांति अकादमी आमी के प्रांगण में श्रद्धा का साथ मनावल गइल। एह मौका पर इलाका के खासमखास लोग मौजूद रहल आ अवधेश बाबू के, जिनका के भूलन बाबू का नाम से याद करेला सब लोग, आपन श्रधांजलि दीहल।

उत्तर प्रदेश

चाचा चोर भतीजा पाजी, केकरा सिर पर जूता बाजी

भोजपुरी इलाका में बचवन का बीच ई कहावत बहुते सुने के मिलेला कि चाचा चोर भतीजा पाजी, चचा का सिर पर जूता बाजी. ई कहावत आजु यूपी के सरकार चलावत समाजवादी पार्टी पर सटीक बइठल बा. चाचा शिवपाल आ भतीजा अखिलेश का बीच असली पावर केकरा लगा बा एकरा ले के अइले दिन रस्साकसी होत

देश-दुनिया

12 सितम्बर के कुछ अउर खबर

खा पी के हाथ झार के चल गइलें कांग्रेस के युवराज राहुल गाँधी. ना ऊ सोचलन ना उनुकर लगुआ भगुआ कि गरीब परिवार उनुका आवभगत के खरचा से कइसे निबटी. अब खबर बा कि राहुल के खाना खिआवे ला करजा उठावा वाला स्वामीनाथ के गरीब परिवार कइसे उतारी ई करजा. वइसे संस्कार रहीत एह नेता

बिहार

लालू का सोझा मिमियाइल जदयू

सिवान के कुख्यात क्रिमिनल आ राजद सांसद रह चुकल सैयद शहाबुद्दीन के जेल से रिहाई के राह बनवा देला का बाद नीतीश सरकार के किरकिरी हो रहल बा. कुरसी के मोहपाश में पड़ल नीतीश चारा घोटाला में सजायाफ्ता मुजरिम लालू प्रसाद से गाँठ जोड़ के बिहार के मुख्यमंत्री त बनि गइलन बाकिर उनुकर छवि हमेशा

देश-दुनिया

दिन भर के खबर पर एक नजर – 11 सितम्बर 2016

बलिया के समाजसेवी बाबू सर्वजीत सिंह के पंचवी पुण्यतिथि पर अखार गाँव में लगावल स्वास्थ्य मेला में आइल डाक्टर लोग बारह सौ से अधिका बेमारन के देखल आ दवाइओ बाँटल गइल. मेला इंडियन मेडिकल एसोसिएशन के बलिया शाखा आ सर्वजीत सेवा संस्थान का चरफ से लगावल गइल. शिविर के शुभारंभ रिटायर्ड सीएमएस डा. अमिता सिंह

उत्तर प्रदेश

गाजीपुर में मिनी बन्दरगाह बनावल जाई

वाराणसी से कोलकाता ले गंगा नदी का राहे जल परिवहन सुचारू चलवावे ला गाजीपुर में मिनी बन्दरगाह बनवावे के फैसला भइल बा। ई बन्दरगाह गाजीपुर के अफीम कारखाना का बगल में बनावल जाई। एह बाति के ऐलान करत केंद्रीय मंत्री मनोज सिन्हा बतवलन कि सगरी पूर्वांचल में विकास योजना चलावत बिया केंद्र सरकार। रेलवे त

Uncategorized

नरही थाना घेरले भाजपाईयन पर फायरिंग से एक जने के मौत

यूपी के बलिया जिला के नरही थाना में धराइल पशुपालक के रिहाई के माँग करत भाजपा विधायक उपेंद्र तिवारी आ उनुका समर्थकन के हटावे खातिर पुलिस अचके में लाठी चार्ज आ फायरिंग के दिहलसि। एह चलते मचल भागमभाग में एक आदमी के मौत हो गइल आ दू जने बहुत घवाहिल हो के जिला अस्पताल में

उत्तर प्रदेश

बलिया छपरा रेलखंड पर आवाजाही बन्द, ट्रेनन के रूट बदलल

रात में सहतवार टीसन का लगे मालगाड़ी के बेपटरी हो गइला का चलते बलिया आ छपरा के बीच रेलगाडियन के आवाजाही बन्द हो गइल बा। कई गो रेलगाडियन के निरस्त क दिहल गइल बा। लमहर दुरी वाला रेलगाडियन के भटनी हो के चलावल जात बा।