टटका खबर

जदयू सांसद निषाद राष्ट्रपति के चुनाव लड़ीहें
मुजफ्फरपुर से सांसद कैप्टन जयनारायण निषाद राष्ट्रपति चुनाव लड़े के घोषणा कइले बाड़न. उनुकर कहना बा कि आजु ले कवनो अति पिछड़ा के राष्ट्रपति नइखे बनावल गइल. निषाद अपना खातिर समर्थन जुटावे बदे सगरी सांसद आ विधायकन के चिट्ठी भेजले बाड़न.

हालांकि अबही ले उनुका अपना खातिर प्रस्तावको नइखे भेंटात. पार्टी के समर्थन मिले के कवनो सवाले नइखे.

एहसे बेहतर हाल पी ए संगमा के बा जिनका उम्मीदवारी खातिर जयललिता आ नवीन पटनायक के समर्थन सामने आइल बा बाकिर उनुकर पार्टी राकांपा साफ मना कर दिहले बिया. संगमा के दावेदारी एह आधार पर बा कि आजु ले कवनो आदिवासी नेता के राष्ट्रपति नइखे बनावल गइल.

एह आधार पर अबहीं बहुते तरह के उम्मीदवारी सामने आवे के अनेसा बा. सबहीं जानत बा कि एहसे कुछ होखे हवाखे वाला नइखे बाकिर कुछ दिन मीडिय में प्रचार त मिलिए जाई.

सबले बड़का अनेसा बा कि कहीं प्रणव मुखर्जी के राष्ट्रपति मत बनवा दे कांग्रेस सरकार. उनुका जइसन बिना रीढ़ के राष्ट्रपति फखरुद्दीन अली अहमद, ज्ञानी जैल सिंह, प्रतिभा देवी सिंह पाटिल वगैरह के परंपरा में रही.

नगर निकाय चुनाव के मतगणना पूरा
बिहार के निकाय चुनाव के मतगणना काल्हु शनिचर का दिने पर्याप्त सुरक्षा व्यवस्था का बीच हो गइल. हालांकि कुछेक जगहा मतगणना में धांधली के शिकायत करत कुछ लोग हंगामो कइल बाकिर कतहीं हालात बेकाबू  ना भइल.

हम त साल भर कहले रहीं बाकिर एहीजा दूइये महीना में हालत खराब हो गइल बा.
यूपी के मुख्यमंत्री रहल मायावती काल्हु अपना पत्रकार सम्मेलन में अखिलेश यादव सरकार पर हमला बोलत कहली कि हम त कहलें रही कि साल भर का भितरे लोग के अहसास हो जाई कि गलती हो गइल सपा सरकार ले आ के. बाकिर हालात अतना खराब बा कि दुइये महीना में लोग मानल शुरु कर दिहल कि सपा के जीता के गलती कर दिहनी. मायावती फेर कहली कि सपा के जीत कांग्रेस आ भाजपा के गलत रणनीति का चलते भइल. कहली कि उनुका राज में जेल में बंद सगरी अपराधी अब बाहर आ गइल बाड़ें जवना चलते अपराध बेतहाशा बढ़ गइल बा.

दोसरा तरफ एगो समीक्षा बइठक कर के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव अपना अधिकारियन के चेतवलें कि पंद्रह दिन का भीतर अपराधन पर काबू पा लिहल जाव. कहलन कि अधिकारी कवनो राजनीतिक दबाव में मत आवसु

आईपीएल बीसबीसा में कोलकाता नाइट राइडर्स के जीत
शनिचर के भइल आईपीएल बीसबीसा मैच में कोलकाता नाइट राइडर्स पूणे वैरियर्स के चौंतीस रन से हरा दिहलसि. एह जीत का बाद कोलकाता के टीम अंक तालिका में दुसरा जगहा पर जम गइल बिया जहाँ से अब ओकरा के हटावल ना जा सके.

बिहार खातिर सड़क बनावे ला केंद्र अढ़ाई हजार करोड़ दिहलसि
बिहार में ग्रामीण सड़कन के जाल बिछावे खातिर केन्द्र सरकार अढ़ाई हजार करोड़ रुपिया देबे के मंजूरी दिहले बिया. एह से पहिले सात गो नक्सल प्रभावित जिलन खातिर नौ सो पंद्रह करोड़ रुपिया पिछला साल दिहले रहुवे.

एह मंजूरी का बाद राज्य आ केंद्र का बीच चलत खटपट खतम हो गइल बा. एह राशि से तेरह सौ पचास गो सड़क बनावल जाई इ छियानबे गो पुल.

जायरीन के बस दुर्घटना में पंद्रह लोग के मौत
बहराइच के चिलवरिया चीनी मिल का सोझा खाड़ एगो ट्रक से एगो बस टकरा गइल. बस अंबेदकर नगर के किछौछा शरीफ से जायरीन के लेके दरगाह शरीफ जात रहुवे. दुर्घटना का बाद बस में आग लाग गइल जवना चलते पंद्रह जने के मौत हो गइल.

सरकार मृतकन के परिवार के एक एक लाख आ घवाहिलन के पचास पचास हजार के सहायता देबे के एलान कइले बिया.

पंचायत सचिव रहल तीन जने पर पर गबन के आरोप
पश्चिमी चंपारण के गौनाहा प्रखंड के डरोल, बेलसंडी, माधेपुर आ भटियारी पंचायतन के पंचायत सचिव रहल तीन जने पर लाखों रुपिया के गबन के मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. मुकदमा जिला प्रशासन दर्ज करवले बा.

सिवान जेल में बंद कैदी के मौत
चोरी का आरोप में जेल में बंद रामावतार बैठा के मौत हो गइल. ऊ पिछला डेढ़ महीना से चोरी का आरोप में जेल में बन्द रहुवे आ अबहीं ओकर मामिला विचाराधीन रहुवे.

बाबा जय गुरुदेव के निधन
आध्यात्मिक गुरू बाबा जय गुरुदेव के निधन शुक का रात पौने दस बजे एक सौ सोलह साल का उमिर में मथुरा के उनुका आश्रम में हो गइल. बाबा के अंतिम संस्कार सोमार का दिने कइल जाई. एकर विधि क बारे में फैसला प्रबंध समिति करी. आजु अतवार क दिने प्रबंध समिति के बइठक में बाबा के उत्तराधिकारी के फैसलो कइल जाई.

स्थानीय निकाय चुनावन के मतगणना आजु
बिहार के सात गो नगर निगम, बत्तीस गो नगर परिषद आ सड़सठ गो नगर पंचायत में भइल चुनाव के मतगणना आजु होखे वाला बा. हर मतगणना केन्द्र पर चुनाव आयोग के निरीक्षक मौजूद रहीहें आ पूरा मतगणना प्रक्रिया के वीडियोग्राफी करावल जाई.